Klemen Pisk

poet, writer, translator and musician

Poem in Bhojpuri

साधु आउर भेड़िया

एगो साधु रेत पर एगो रेखा खींच के कहलन:
" तू इ रेखा के पार ना जा सकेल."
फिर एगो चक्र बनाके कहलन:
" तू इ चक्र पार कर सकेल लेकिन रेखा ना."
अचानक तूफान आइल आउर सब रेखा गायब हो गइल.
एगो भेड़िया घेरा में खड़ा रहे.
जाड़ा आउर बारिश ओकरा तबाह कर देले रहल.
लेकिन उ ऊहां से ना हटल.
उ ना जानत रहे कि रेखा अब ऊहां मौजूद बा,
जबकि कौनो रेखा ऊहां मौजूद ना रहे .

Translated into Bhojpuri by Sujata Gupta